S

आज का टिउसन।

बबुनी टिउसन करे जात बानी मैथ केमेस्ट्री के
उहांँ से इ सिख लिहलीन प्यार के इ मिस्ट्री के
बबुनी टिउसन करे जात बानी मैथ केमिस्ट्री के।
आइकोनिक कजरिया से करऽके इ काजल
लकमी लिपस्टिकीया से दुनू होंठ लगे माजल
आउरे श्रृंगार खातिर-२ खंगालऽतारी हिरोइन के हिस्ट्री के
बबुनी टिउसन करे...................... केमेस्ट्री के।
अंखियां न निंद आवे बबुनी के पढें के चाह बा
मिले खातिर दिहल अपनों वचनिया के आह बा
का कहीं इ तोड़ दिहली-२ हर समजिया के बाउंड्री के
बबुनी टिउसन करे........................... केमेस्ट्री के ।
ममी जी के गाल के चुम्मा टिउसन के फीस ला
बाबु जी गोड़ छुए नया जिंस के स्टिच ला
अनुराग इन्हीं खातिर खुलल बा दफ्तर-२ इश्क के रजिस्ट्री के।
बबुनी टिउसन करे जात बानी मैथ केमेस्ट्री के
उहांँ से इ सिख लिहलीन प्यार के इ मिस्ट्री के
बबुनी टिउसन करे जात बानी मैथ केमेस्ट्री के ।
©anuragrahi