बारही बरस से हम देखत बानी ऐके हो सपनवा
अंगनवा मोरे ना अइले हो सजनवा
अंगनवा मोरे ना अइले हो सजनवा
अंगनवा मोरे ना अइले हो सजनवा-2
काहे मुंह फेर लिहले का गलती हमार बा
का उनका हमरो से तनिको न प्यार बा
काहे बंधैऽले हमके आपन जोड़ू के बंधनवा
अंगनवा मोरे ना अइले हो सजनवा ।
गोरे गोरे हाथ गोड़ केकरा खातिर इ बाटे
हमरो त प्राण बस उनकर ही बाटे
दिलवा हिलोर मारे बरसे नयनवा
अंगनवा मोरे ना अइले हो सजनवा ।
जब से तू गइलऽ बालम तू हो परदेशवा
पातीओ न भेजलऽ तू हो कौनो संदेशवा
कहिया लें अइबऽ हमके बता द तू सजनवा
अंगनवा मोरे ना अइले हो सजनवा
अंगनवा मोरे ना अइले हो सजनवा
बारही बरस से हम देखत बानी ऐके हो सपनवा
अंगनवा मोरे ना अइले हो सजनवा
अंगनवा मोरे ना अइले हो सजनवा ।
©anuragrahi
S