चुड़िया खनका के गोरी हो मत जा नइहरवा
जिया मानत नइखे देखी के इ जगवा के विचारवा
जिया मानत नइखे.......
चुड़िया खनका के गोरी हो मत जा नइहरवा
जिया मानत नइखे देखी इ जगवा के विचारवा
जिया मानत नइखे........
काहे खातिर बलमू हो बा एतना दिलवा में डरवा
ना जात बानी छोड़ के हम तोहके नइहरवा
ना जात बानी...........
काहे खातिर बलमू हो बा एतना दिलवा में डरवा
ना जात बानी छोड़ के हम तोहके नइहरवा
ना जात बानी...........
हमरो तऽ बारऽ पिया प्राण के आधार तू
ना राखऽ दिलवा में खोटवा के दोआर तू
तोहरे त इ बाटे कजरा इ तोहरे सिंदुरवा
ना जात बानी छोड़ के हम तोहके नइहरवा
ना जात बानी...........
तोहरा के देखीं देखीं गोरी जिनिगीया बितइनी
आपन करेजवा से न कबहुं तोहके हटइनी
रखिहऽ तू हरदम हमपे गोरी आपन प्यार के आचरवा
जिया मानत नइखे देखी के इ जगवा के विचारवा
जिया मानत नइखे.............
ना जात बानी छोड़ के हम तोहके नइहरवा
जिया मानत नइखे देखी के इ जगवा के विचारवा
ना जात बानी छोड़ के हम तोहके नइहरवा
ना जात बानी............
जिया मानत नइखे देखी के इ जगवा के विचारवा
जिया मानत नइखे............... ।
©anuragrahi
S