हमरा के छोड़ी के कहलु सबके मुबारक
नुरानी गोरी हो तोहे इ गरिब से बकरैइद मुबारक।
का कईलू हमरा के आपन बना के
हमार दिलवा तू तोड़ दिहलू घर न बुला के
बड़ा चोट लागत बाटे कहे में मुबारक
नुरानी गोरी हो तोहे बकरैइद मुबारक।
सवा बरिस से रहलू हमरो साथ तू
कहियो न कईलू दिल से बात तू
काहे दिखावे खातिर करेलू हमके मुबारक
नुरानी गोरी हो तोहे बकरैइद मुबारक।
©anuragrahi
S